बारा के प्रसौनी गांवपालिका में भ्रष्टाचार के नमूना, १४ लाख में बनल सड़क दु हप्ता भी ना टिकल

178

आस, १ सावन । कलेया ।

बारा जिल्ला के प्रसौनी गांवपालिका वडा नम्बर ६ गढि़या टोल में भईल कंक्रीट सड़क ढलान गुणस्तरहिन रहल मिलल बा ।

गांवपालिका के उपभोक्ता समिति द्वारा १४ लाख के लागत में बनल सडक ढलान मनमानी ढङ्ग से निर्माण कईला से दु हप्ता में ही जीर्ण भईल स्थानिय लोग के आरोप बा । कमजोर आ कमसल निर्माण सामाग्री के प्रयोग करके मापदण्ड विपरीत कंक्रीट ढलान भइला से कुछे दिन में सड़क बिगरे लागल के स्थानीय के आरोप बा । गांवपालिका के निर्वाचित जनप्रतिनिधी द्वारा काम कम आ कमिशन जादा लेहला के चलते अइसन भईल स्थानियवासी के आरोप बा ।

सडक ढलान काम में गांवपालि के कर्मचारी,निर्वाचित जनप्रतिनिधी,ईन्जिनियर लगायत के पदाधिकारी द्वारा बिना कवनों अनुगमन कईले ही रकम विनियोजन कईला से हो रहल निर्माण काम गुणस्तरहीन रहल स्थानीय समाजसेवी नन्देश सिहं के आरोप बा ।

आर्थिक बर्ष के अन्तिम समय में गुणस्तरहिन काम करके बजेट ओरावे के काम मात्र होरहल सिहं बतइले । ऊ कहले,‘ असार महिना के अन्त्य में विना स्टीमेट आ बिना कवनों अनुगमन कईले हचुवा के भर में सडक के ढलान कईला से भईल ढलान जिर्ण हो रहल बा’। विकास निर्माण के काम करे बेर हचुवा के ताल में ना करके उचित व्यस्थापन आ अनुगमन के आधार पर करेके स्थानीयबासी के आग्रह रहल बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here