बारा के भी गरिबी निवारण सामाजिक परिचालक कर्मचारी सब आन्दोलित

    95

    कलैया, १२ चैत /
    बारा के भी गरिबि निवारण सामाजिक परचालक कर्मचारी सब आन्दोलित भइल बा । कलैया के सिद्धेश्वर माध्यमिक बिद्यालय मे सोमार के भईल गरिबि निवारण कोष अन्तर्गत कार्यरत कर्मचारी सब के भेला कामकाज ठप्प पारत आन्दोलन मे जाए के निर्णय कइलख ।
    भेला रुषत्म मियाँ के संयोकत्म मे ३१ सदस्यि गरिबि निवारण सामाजिक परचालक संघर्ष समिति समेत गठन करत आन्दोलन मे जाए के निर्णय कइलख । जवन समिति के सह संयोजक मे राम स्वरुप पंडित, सचिवमा साबिर हुसेन, सह सचिव मे धु्रव यादव आ कोषाध्यक्ष मे रामा चौधरी रहल बाडन ।
    अहीसही संघर्ष समिति के सदस्य सब मे राजेशवर चौरसिया, बिनय चौधरी, जोखन पटेल, श्रीनिवास प्रसाद यादव, मदन प्रसाद साह, छोटेलाल राम, डम्बर बहादुर श्रेष्ठ, देवलाल चौधरी, धु्रव यालव, प्रमोद प्रसाद यादव, रामेश्वर प्रसाद साह, दिपेन्द्र सिंह, रिमा कुमारी साह, पुर्णीमा कुमारी चौधरी, रामा कुमारी चौधरील लागायत के रहल बाडे लोग ।
    भेला आज से ही गरिबि निवारण कार्यक्रम के सम्पूर्ण कामकाज ठप्प पार के निर्णय कइलख । नेपाल सरकार के कार्यक्रम अन्तर्गत विगत ९ बर्ष से ही स्थानिय तह मे कार्यरत रहला से देश संघिय संरचना मे गइला पर हमनी के भी स्थानिय तह मे योग्ता अनुसार समायोगन करे के मांग रहल सामाजिक परचालक सब बतइले बाडन ।
    संघिय मामिला तथा समान्य प्रशासन मन्त्रालय से साबिक के एल.जि.सि.डि.पि. सामाजिक परिचालक सब के करार मे स्थानिय तह मे राखे के निर्णय भइला पर गरिबि निवारण समाजिक परचालक सब आन्दोलित होखे लागल बा । एसे पहिले पर्सा जिल्ला के गरिबि निवारण सामाजिक परिचालक सब आन्दोलित भइल रहे ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here