बारा के सीडियो के कपार पर मास्क सहित के फोटो वायरल, चारुओर आलोचना

 बारा के सीडियो के कपार पर मास्क सहित के फोटो वायरल, चारुओर आलोचना

वीरगंज, ०७ भादों ।

बारा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी रुद्र प्रसाद पण्डित कपार पर पहिरल मास्क वाला फोटो सामाजिक संजाल पर खुबे भाइरल हो रहल बा । मास्क कपार पर लगावल फोटो प्रमुख जिल्ला अधिकारी स्वयम सामाजिक संजाल फेसबुक पर सबेरे पोष्ट कईले रहले । उहे फोटो बहुते लोग अनेकन प्रतिकृया के साथ भी पोष्ट कईले बा लोग ।

एतवार के दिने सिमरौनगढ़ मे भारतीय सिवान से खाद तस्करी के बारे मे अनुगमन करे पहुचल, आपन मास्क ऊपर उठा के कपार पर चढ़ा लेहले रहले । बारा के कलेया के पत्रकार साजिर मंसूर जनता मास्क ना लगाई त जबरजसती १ सय रोपेया जुर्माना देवे के परी आ हमनी के प्रहरी जिल्ला अधिकारी रुद्र प्रसाद पंडित जी कपार पर मास्क पहिरला पर केतना जुर्माना ठीक रही ? क़हत स्ट्याटस पोष्ट कईले बाड़े । उनका पोष्ट पर समर्थन आ बिरोध मे अनेकन टीका टिप्पणी आइल बा । फोटो विवाद मे आईला के बाद प्रजिअ पण्डित मास्क ना लगावल फोटो मिटका के मास्क लगावल फोटो ही खाली रखले बाड़े ।

प्रजि अ पण्डित के ही आदेश मे बारा मे कोरोना महामारी शुरू भइला के बाद २ हजार ९ सय ४७ आदमी के मास्क ना लगावला के कारण ही करवाही कईल गईल रहे । मास्क ना लगा के सार्वजनिक जगहन पर घूमफिर कईला पर प्रहरी पकड़ के जिल्ला प्रशासन कार्यालय मे बुझा देहला के बाद १ सय जुर्माना ले के ही छोडल जाला ।

प्रमुख जिल्ला अधिकारी पण्डित अनुगमन के समय खैरो एन ९५ मास्क ना लगावला से स्वास लेवे मे समस्या भइला से नियमानुसार दूरी कायम कर के मास्क ऊपर कपार पर चढ़वले रहले बतवले बाड़े । बिहान से उ नियमित तरीका से मेडिकल मास्क प्रयोग कर के आपन आदत सुधारे के प्रतिवद्धता व्यक्त कईले बाड़े ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *