बारा जिल्ला के स्थानिय तह पर अख्तियार के नजर, अनुगमन करे पूगल टोली

302

कलेया (बारा), १८ कूवार ।

स्थानीय द्वारा पहिलही से देहल उजुरी के सम्बन्ध मे जानकारी लेवे खातिर बारा मे अख्तियार के टोली अाइल बा । कलेया उपमहानगरपालीका, जितपुर-सिमरा उपमहानगरपालिका, महागढीमाइ नगरपालीका, पचरौता नगरपालीका, सिम्रौनगढ नगरपालीका, बारागढी नगरपालीका, सवर्ण गाँवपालीका मे अख्तियार अनुसन्धान अायोग, कामाण्डु अा अख्तियार अनुसन्धान अायोग कर्यालय, हेटौडा से ७ जने के संख्या मे अाइल टोली अनुगमन कइले बा ।

बारा के स्थानीय निकाय मे रहल कर्मचारी अा पदधिकारी लोग मे भय अा त्रास सृजना भइल स्थानीय अगुवा लोग जानकारी करावले बा । इहे हप्ता मे कलेया उपमहानगरपालीका के वार्ड नम्वर २३ मे भइल उपभोक्ता समिति विकास के कागज सब उठा के लेगइल अा अनुसन्धान शुरू कइले बा ।

असार महिना मे फेटा गाँवपालीका से लेखापाल अा नेपाल विधुत प्राधिकरण कलैया शाखा से कर्मचारी के रूपेया लेत समय मे पकड के लेजा के कार्वाहि चलारहल बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here