बारा में गोली चलल, एक जने घायल

वीरगंज ०५, कार्तिक ।
बारा में गोली चलल बा । मित्र राष्ट्र भारत से सटल सिवान बवनकुल नेपाल-भारत सिवान पर भारत से नेपाल आईल एक जने व्यक्ति के प्रहरी पूछ ताछ कइला पर पेस्तोल देखा के प्रहरी केहि आक्रमण करे के प्रयास पर प्रहरी गोली चलवले बा ।
जवाफी कारवाही में प्रहरी के गोली लाग के व्रिजकिशोर कुसवाहा घायल भईल बाड़े । उनका कांखी में गोली लागल बा।
जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के अनुसार घटना के बाद कुशवाहा के प्रहरी नियन्त्रण में लेहले बा । उ नेपाली या भारतीय नागरिक हउवन अभी ले स्पष्ट नईखे होखे सकल प्रहरी के कहनाम बा।

