बारा मे दमाद द्वारा ससुर के हत्या

399

कलैया, चईत २

बारा जिल्ला मे एगो दमाद आपन ससुर के हत्या कर देहले बा । बारा के प्रसौनी गाँवपालिका मे जमीन पर विवाद भइला पर भतीजा संघे दमाद मिल के आपन ससुर के हत्या कइले बा लोग।

प्रसौनी गांवपालिका १ के रहनियार ६५ बर्षीय गणपत राउत कुर्मी के २० वर्षीया भतीजा प्रमोद पटेल, भाई पतोह ३५ वर्षीया सीता देवी पटेल आ पर्सा जिल्ला पर्सागढ़ी गांवपालिका ४ हाल प्रसौनी गांवपालिका १ निवासी ३५ वर्षीय बिनोद पटेल विच भईल सवा तिन धूर जग्गा विवाद मे गणपत के हत्या भईल बा । हत्यारा लगो के शुक के जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा मे पत्रकार सम्मेलन कर के सार्वजनिक कईल गईल रहे ।

बर्षों से चलत आ रहल विवाद बियफे के सबरे ८ बजे सामान्य बतकही भइला के बाद विपक्षी तिनु लोग के लाठी, फठ्ठा के पिटाई से गंभीर घायल भईल गणपत के वीरगंज अस्पताल लेजाए के क्रम मे रास्ता मे ही मृत्यु भईल प्रहरी कार्यालय बारा के प्रहरी नायब उपरीक्षक भूनेश्वर साह बतइनी ।

झगड़ा विवाद आ ई काण्ड मे संलग्न रहल तिनु जने के पक्राउ करके अदालत से कर्तब्य जान मुद्दा अगाडि बढ़ावल साह बतइनी । मृतक गणपत के लास के पोस्टमॉर्टम करके परिवार के जिम्मा लगा देहल गईल बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here