The biggest Bhojpuri digital media of Nepal

बारा मे भइल मोटरसाइकिल दुर्घटना मे एक जने के मृत्यु

वीरगंज, १४ आषाढ़ ।

भारतीय नम्बर प्लेट भइल दु गो मोटरसाइकल एक दोसरा से टकरइला से एक जने के मृत्यु भइल बा । बारा के सिमरौनगढ़ नगरपालिका बीआर ०५ एम ७९५९ आ बीआर ०५ के ६१६२ नम्बर के दुगो भारतीय मोटरसाइकिल एक आपस मे ठोकर लागला से एक जने के मृत्यु भइल बा ।

मृत्यु होखे मे बीआर ०५ एम ७९५९ नम्बर के मोटरसाइकिल चलावनिहार सिमरौनगढ़ नगरपालिका वाड नम्बर ७ पर्सा टोला के आफताब आलम रहल बाड़े । दुर्घटना मे पर के आलम गम्भीर घायल भइल रहले । उनका के इलाज खातिर वीरगंज के नारायणी अस्पताल मे लियावत समय रास्ते मे ही उनकर मृत्यु हो गईल रहे सिमरौनगढ़ प्रहरी जानकारी करवले बा ।

दुनु मोटरसाइकिल के प्रहरी नियन्त्रण मे लेहले बा आ दुर्घटना मे परल दोसर मोटरसाइकिल के चलावनीहार फरार भइल बाड़े आ उनकर खोजी हो रहल इलाका प्रहरी कार्यालय सिमरौनगढ़ के प्रहरी निरीक्षक सुरेन्द्र तामाङ जानकारी देहले बाड़े ।

प्रतिकृया
Loading...