बारा मे भी एगो पत्रकार कोरोना संक्रमण के चपेट मे

408

वीरगंज, ५ जेठ ।

बारा जिल्लाके एगो पत्रकार कोरोना संक्रमित भइल के पुष्टि भइल बा । सोमारके दिने स्वस्थ्य मन्त्रालयके जारी सूचनामे बारा जिल्लाके एक जने आ रौतहटके ८ जानेमे कोरोना पुष्टि भइलके कहल बा । संक्रमित मे बारा जिल्लाके करईयामाई निवासी एगो पत्रकार रहलके बात खुलल बा । आजके संक्रमित पुष्टि बारा जिल्ला के पांचवा संक्रमित हउवे ।

एकरा से पहिले पर्सा मे २, उदयपुर मे १ आ जनकपुर मे १ जने पत्रकार भी कोरोना संक्रमित भइलके पुष्टि भइल रहे । एकरा साथे कोरोना संक्रमित पत्रकारके संख्या ५ पहुचल बा । संक्रमित पत्रकार लोगके देशके अनेकन अस्पताल मे इलाज चल रहल बा ।

सोमारके दिने रौतहटके ८ आ बाराके १ जने कोरोना संक्रमित बढलाके बाद नेपाल भरमे कोरोनाके संक्रमण संख्या ३०४ पहुचल बा । नेपालमे दु जनेके कोरोनाके कारण अभी तक मृत्यु भइल बा । पहिलका मृत्यु सिन्धुपालचोकके महिला आ दोसरका मृत्यु बाँकेके एगे नवयुवकके मृत्यु भइल रहे ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here