बालुवाटर मे बांसुरी बजावत प्रधानमन्त्री

    176

    काठमाण्डू, २२ माघ ।

    प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली काल्ह बालुवाटार मे बांसुरी बजावत नजर अइले । प्रधानमन्त्री ओली के सांगीतिक जुड़ाव भइला से समय समय प बालुवाटार मे सांगीतिक कार्जक्रम भी होत रहेला । काल्ह मंगर के दिने बालुवाटार मे संगीतिक महोल बनल रहे । सांगीतिक कार्जक्रम मे प्रधानमन्त्री ओली अपने बासुरी बजवले आ पूर्वप्रधानमन्त्री झलनाथ खनाल आ माधव कुमार नेपाल सारंगी बजावत नजर आइल लोग ।

    बालुवाटार मे मंगर के संझिया मदन भण्डारी कला साहित्य प्रतिष्ठान आ सांगीतिक तथा नाट्य संगीत प्रतिष्ठान के सहकार्ज मे नेपाली मौलिक धुन के सारंगी साँझ कार्जक्रम के आयोजना कइल गइल रहे । कार्जक्रम मे कलाकार लोग सांगीतिक धुन बजवले रहेलोग आ संगतिक कार्जक्रम के साथे ही प्रधानमन्त्री निवास के तरफ से संझिया के भोज कार्जक्रम राखल रहे । सारंगी साँझ के यी अवसर प बालुवाटार के भवन के सोहरइया नियन बति सजावल गइल रहे ।

    सारंगी साँझ मे सतात्मक दल के अगुवा नेता, मन्त्री आ सांगीतिक बिज्ञ के साथे ही अबगे राजीनामा देहल उच्च ओहदा के कर्मचारी लोग के सहभागिता रहे । सारंगी साँझ सुरू होखे से पहिले बालुवाटार मे भइल सम्पादक लोग संघे के बतकही मे प्रधानमन्त्री ओली सारंगी सांझ मे सभे पत्रकारन के नेवतले रहले ।

    प्रधानमन्त्री के प्रेस सल्लाहकार सूर्य थापा सारंगी साँझ मे पत्रकार लोग के भी सहभागिता होखों एही से सम्पादक लोग संघे प्रधानमन्त्री के बतकही ओही दिने राखल गइल रहे बतवले । सम्पादक लोग से प्रधानमन्त्री ओली कहले रहले ‘ आजू सारंगी के धुन सुने के कार्जक्रम बा ‘ रउवा लोग ८ बजे से पहिले ना जाएके मिली ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here