बालु के रेतमे तरकारी फरा के मनग्नय कमिनी

377

प्रभु यादव ।

कलेया, १६ बईशाख ।  

बारा जिल्ला के फतेपुर के किसान सब बालु के रेत मे तरकारी फरा के अाम्दानी कईले बा । पछिलका सावन महिना मे अाई बगरी अा दुधावरा नदि मे बाढ से खेत मे लगावल धान सब बालु से भर के रेत बना देहलक किसान रेखा चौधरी जनकारी देहले बानी ।

खेती करेवाला जमिन बालु से भराईला के वाद कवनो बाचेला अधार ना रहल रहे माकिर जनजागरण युवा क्लव के अायोजना मे अा अड्रा नेपाल के अर्थिक सहयोग मे बालु पर तरकारी लगावेला कार्जक्रम लेयाल जवना मे सहभागी हो के कृषि प्राविधिक के सहयोग मे खेती कईल गईल किसान उमरावती देवी चौधरी जनकारी देहले बानी ।

फतेपुर के बगरी नदी मे लउका , खिरा, कराईला, कोहडा अा लालमि रोप के बालु मे फरा के अाम्दानी कर के बनचेवाला अधार बनल चौधरी जनकारी देहले बानी । लगावल खेती मे फरल तरकारी विना जहर के भईला से दोसर लोग से बेसी दाम मे बेचाला जवना से ना सोचल अामदानी भईल बा अमाडार फतेपुर के मुनि खातुन बतलईली ।

दुधौरा के बालु मे खेती होई कह के विश्वास ना रहे माकिर अाम्दानी भईला पर अपना सब के खुशी लागल खातुन जनकारी देहनी । सरकारी निकाय से कवनो किसिम के सहयोग नामिलल माकिर सस्था से भईल सहयो अपना सब के कहियो भोर ना पराई खातुन बतईनी । बगरी अा दुधौरा मे एक सय बीस जने किसान लोग तरकारी लगावले बा लोग ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here