The biggest Bhojpuri digital media of Nepal

बाहर से अाईल लोग के जन्मसिद्ध नागरिकता स्वीकार ना होई – उपप्रधानमन्त्री पोखरेल नेपाल

बारा, १७ कातिक । प्रभु यादव ।

कम्युनिष्ट पार्टी बारा के उद्धघाटन समारोह मे चायपानी अा शुभकामना लेनी देनी कार्जक्रम मे उपप्रधानमन्त्री तथा रक्षा मन्त्री इश्वर पोखरेल बाहर से अाईल लोग के जन्मसिद्ध नागरीकता सुकार्य नाहोई बोलत बतावले बाडन ।

बशज अा जन्मसिद्ध नागरीकता लेहल लोग के लइकालईकी के नागरीकता देवे मे बाधा संविधान ना बनल जनकारी मन्त्री पोखरेल करावले रहनी । अगकृत नागरीकता बाला लोग सब अधिकार प्रयोग कर सकता माकिर प्रधानमन्त्री, राष्ट्रपती, प्रधानन्यायाधीश, प्रधानसेनापति ना बनसकता संविधान मे ब्यवथा रहल मन्त्री पोखरेल जनकारी करावले बानी ।

संविधान मे कवनो गडबड होईत अोकरा के बातबतकही कर के सचियावल जाई माकिर देश के जनता के बाधा पुगावेवाला काम होई उ सुवीकार्य ना करे के मन्त्री पोखरेल कहनी । कम्युनिष्ट पार्टी जातीय अा कवनो किसिम के भेदभाव जनता से ना करेला पोखलेल कहनी । चुनाव के समय मे कईल गईल वचनबधता के पूरा करे काम कईल जारहल रक्षा मन्त्री पोखरेल कहनी ।

संविधान बनल बा मकिर कानुन ना बनला से जनता के काम मे कठिनाई होरहल बा जवन बनावे के काम कईल जारहल जनकारी करावले रहलन । कम्युनिस्ट सरकार से मधेश मे हुलाकि राजमार्ग के साथे रास्ता सब बनावेला रकम देरहल बा जवन विरोधि कईसे होई मन्त्री पोखरेल कहनी । सरकारी काम काज करेला नेपाली भाषा के बाहेक दु भाषा मे काम काज करे के संविधान मे व्यवथा रहल बा उ भाषा मे कामकाज कर सके के जनकारी देहलन ।

कार्जक्रम मे कम्युनिस्ट पार्टी के प्रदेश नम्वर २ के सयोजक प्रभु साह गन्ती हिन्ता के छोड के कार्यालय उदधाटन कइल जारहल कहलन । देश के खाद्यान्न प्रदेश २ से ८० प्रतिशत पुगत रहे माकिर अब अवस्था कमजोर भइल सयोजक साह कहनी । अउर प्रदेश मे ५ अा ६ मन्त्री रहल बा प्रदेश दु मे १४ मन्त्री रहला पर भि सुधार नाहोखे के साह जनकारी करावले बाडन ।

मन्त्री लोग अापन सम्बृध्दि करहल बा माकिर जनता के विकास अोर ना लागल चिन्ता लागल साह कहनी । जब तकले हुलाकी राजमार्ग अा फास्ट्रायक चार लाईन के ना बनी तब तक मधेश के विकास ना होई साह कहनी ।

बलवीर चौधरी के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे कम्युनिस्ट पार्टी के केन्द्रीय सदस्य तथा प्रधानमन्त्री के जनसरोकार सल्लाहकार अचुत मैनाली , प्रदेश दु के पार्टी इन्चार्ज सत्यनारायण मण्डल , प्रदेश सदस्य ज्वला साह , महम्द समीर , बारा जिल्ला प्रशासन प्रमुख गणेश भट्टराई , नेपाल प्रहरीउपरिक्षक सानुराम भट्टराई , जितपुरसिमरा उपमहानगरपालीका के मेयर कृष्ण के उपस्थिती रहल ।

प्रतिकृया
Loading...