सांसद यादव आपन एक महिना के तलब बाढ़ पीड़ित के राहत लाय देवे के कईले घोषणा

99

वीरगंज, ३० आसार ।

लगातार भईल भारी बारिस के कारण पर्सा जिल्ला सहित पूरे देश मे भईल जनधन के नोक्सानी पर दुख ब्याक्त करत संघीयसभा सदस्य सांसद प्रदीप यादव बिज्ञाप्ति जारी कईले बाड़े ।

बाढ़ पीड़ित खातिर सकभर औरी सहयोग मिलो ईच्छा जाहीर करत बाढ़ पीड़ित खातिर राहत स्वरूप आपन एक महिना के तनख़ाह पर्सा जिल्ला बिपत व्यवस्थापन समिति के राहत कोश मे जम्मा करे के घोषणा बिज्ञाप्ति मार्फत जानकारी करवले ।

यी प्रकृतिक बिपत के समय मे सारा सहयोग करेवाला हात के आगा बढ़ के बाढ़ पीड़ित लोग के आफ्ना अपना जगह से सहयोग करे के निहोरा सांसद यादव बिज्ञाप्ति मार्फत कईले बाड़े ।

बाढ़ मे आपन धन सम्पती सारा नोकसन भईल बाढ़ पीड़ित लोग के जल्दी से जल्दी राहत के जरूरी बा क़हत स्थानीय सरकार, प्रदेश सरकार आ संघीय सरकार भी जल्द से जल्द राहत के व्यवस्था करे खातिर संबन्धित निकाय के ध्यानकर्षण बिज्ञाप्ति मार्फत करवले बाड़े ।

advertisement

1 टिप्पणी

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here