बाढ़ प्रभावित क्षेत्र में पशु शिविर चहुपला से स्थानीय किसान हर्षित

50

दिपक कुमार पाण्डेय
५ गते असार, महोत्तरी ।

एक सप्ताह अगाडी आइल भिषण बाढ़ से प्रभावित बस्ती में पशु शिविर भइला से स्थानीय किसान हर्षित भइल बाड़े। प्रदेश नं.२ के ही अती पिछड़ल जिल्ला मे महोत्तरी में हरेक साल ही बाढ़ प्रभावित भइला से अनेकन जात के चौपाया सब में अनेक किसिम के रोग से चौपायासब मरत आ रहल आ चौपाया में लागल रोगसब से मानविय क्षती समेत होत आ रहला के कारण किसानसब के धनजन के क्षती से बचावे के खातिर एक दिने पशु स्वास्थ्य शिविर संचालन कइल गइल नेपाल पशु स्वास्थ्य सेवा प्राविधिक संघ के केन्द्रिय अध्यक्ष जनक बहादुर रावल बतवनी ।

बाढ़ आइला के बिहाने से ही आपन पशु बीमार भइल माकिर बाढ़ से आवतजावत में कठिन भइला से समय पर उपचार ना होखे सकल आ एगो चौपाया मरल अउरी बाँकी सब चौपाया के समय में ही शिविर में इलाज करावे के मिलला से हमनी  किसान हर्षित भइल स्थानीय पिँकी देवि बतइली ।

पशु शिविर में खटल चिकित्सक आ स्वस्थ्यकर्मी लोग ।

सरकार देश के यूवा के दुध, अंडा, मास आदि पर निर्भर करावे के खोज रहल माकिर पशुसब के खातिर खानपान व्यस्थापन, इलाज लगायत के समस्या समय रहते समाधान ना कर देहला से कठिनाई हो रहल दोसर किसान शिवशंकर यादव बतईले ।

यादव समुदाय बिगत से ही गाय, भइस, बकरी-खोसी लगायत के पशुसब के ब्यापक मात्रा में पालत आइल आ यादव समुदाय के बाहुल्य रहला से उक्त वडा में शिविर संचालन कइल गइल आधिकारिक ड्रेड यूनीयन महोत्तरी के जिल्ला सचिव बिजय कुमार चौधरी बतइनी ।

नेपाल पशु स्वास्थ्य सेवा प्राविधिक संघ के आयोजना में संचालन भइल एक दिने शिविर में करिब तीन सय जने स्थानीय किसान लाभान्वित भइले । पशुसब में प्राय डाईरीया, बुखार, खोकी लगायत के रोगसब मिलल आ शिविर में अनेकन किसिम के रोग अनुसार के औषधि समेत किसानसब के देवल गइल पशु चिकित्सक मनोज चौधरी बतइनी । उक्त शिविर प्रदेश २ के आठों जिल्ला के बाढ़ प्रभावित क्षेत्र में संचालन करेके बतावल गइल बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here