बिओपी भिखमपुर द्वारा २० किलो चरस बरामद

 बिओपी भिखमपुर द्वारा २० किलो चरस बरामद

सशस्त्र प्रहरी द्वारा बरामद चरस

वीरगंज, ०२ भादो ।

सशस्त्र प्रहरी बॉर्डर आउट पोष्ट (बिओपी) भिखमपुर आजू मंगर के दिने चरस बरामद कईले बा ।

बिओपी भिखमपुर से खटल प्रहरी टोली पर्सा के जगरनाथपुर गाँवपालिका वाड नम्बर २ दसौता सीमा इलाका से लागू औषध २० किलो चरस बरामद कईले बा ।

गुप्त सूचना के आधार पर नेपाल से भारत ओर ले के जा रहल चरस बरामद भइल बिओपी भिखमपुर के प्रहरी निरीक्षक कीशमान तामाङ जानकारी करवले । प्रहरी टोली के देख के तस्कर चरस फेंक के भागल रहेलोग ।

बरामद चरस इलाका प्रहरी कार्यालय पोखरिया के भेजल गइल सशस्त्र प्रहरी निरीक्षक तामाङ जानकारी देहले ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *