बिकाश के काम में दलित के छाटल, सखुवा प्रसौनी गापा के विरोद्ध में उतरल दलित समाज

    276

    बिमला गुप्ता, सावन २९

    पर्सा के सखुवा प्रसौनी गावँ पालिका दलित सभन के छाट के बिकाश के काम आगे बढावल कह के दलित सभन गावँ पालिका के कार्जालय के आगे धर्ना देहले बाडन ।

    बिकास के बजेट में गावँ पालिका प्रमुख प्रदिप जैशवाल दलित सभन के बिकाश के खातिर बजेट छुटावल कहलाबाद भी अभिन तकले कवनो बिकाश के काम नाकईल कहत करीब ५० जने दलित समाज के अगुवालोग गावँ पालिका के कार्यालय आगे धर्ना देहले रहलन ।

    दलित समाज के खातिर छाटल बजेट में बितल २ वरीष के अवधि में कौन शिर्षक में कहवा आ केतना खर्चा भईल बारे में पुछेके खातिर ६ गो हि वार्ड में रहल दलित अगुवा सभन मंगर के सबेरे साढे १० बजे गावँ पालिका प्रमुख से जानकारी लेवेला पहुचला बाद कार्यालय के गेट में ताला लगावल मिलल ।

    दुपहर १ बजे उप प्रमुख फुलमति चौधरी आपन कार्यकक्ष में अइलाबाद दलित के खतिर छुटावल बजेट के बारे में उन्करा साथे पुछलाबाद आपना के एह बिषय में कवनो जानकारी नाभईल बतवली । गाउँ पालिका प्रमुख जैशवाल के साथे भेट नाभईलाबाद उलोग दुपहर ४ बजे तक गावँ पालिका के गेट मे हि धर्ना देहलन ।

    सखुवा प्रसौनी गाउँपालिका अन्तर्गत रहल मुस्लीम आदिवासी जनजाति अपाङ्ग सभि के खतिर शिक्षा के बजेट छुटाके जनचेतना मुलक, शिपमुलक, रोजगारी मुलक जैसन कार्जक्रम कइलाबाद भी दलित सभन के खातिर ६ गो हि वार्ड मे एसनका कवनो कार्जक्रम अभिन तकले नाकरावल दलित सभन के सिकाई बा ।

    सखुवा प्रसौनी गावँ पालिका में रहल अउर समुदाय के बस्ति में गावँपालिका प्रमुख जैशवाल बिकाश के काम कररहल बाकिर दलित के बस्ति में अहिन तकले सडक, पिएवाला पानि , नाली के निकास, सार्वजनिक भवन लगाएत के कवनो भी बिकाश नाभइल वार्ड नं. ६ एकडर्वा लखनपुर के महाराज माझी कहनी ।

    भोट मांगे के बेरीया जात के बिभेद नाकरेके घर अगंना में हि पहुच के दलित के अवस्था सुधारे के कसम खाइल नेतालोग अभीन बिकाश करेके बेरीया जातिय बिभेद कररहल बाडन बाकिर अब एकर कडा बिरोद्द करेके दोसर दलित जगदेव रामले कहनी ।

    धर्ना में बइठल दलित अगुवा सभन के कहनाम गावँ पालिका से दलित के खातिर छुटावल रोपेया कवन शिर्षक में कहवा केतना खर्चा भइल एह बारेम गावँपालिका के प्रमुख खुलस्त नाकईला बाद आवेवाला एतवार के गावँपालिका के बिरोद्ध मे कडा बिरोद्ध करेके चेतावनी देहले बाडन ।

    वितल आर्थिक वरीष में सखुवा प्रसौनी गावँपालिका दलित समाज के खातिर ७ लाख रोपेया छुटावल गावँपालिका प्रमुख प्रदिप जैशवाल कहनी बाकिर उ रोपेया अभीन तक ले खर्चा नाभईल आ गावँपालिका मे हि रहल बतवनी । दलित सभन के आपना से कहियो बिभेद नाकईल कहत प्रमुख जैशवाल कहनी धांगड जात के खातिर वार्ड नं. १ में ५५ लाख के सार्वजनीक भवन बनावल आ बलुवा में भी सार्वजनिक भवन बनावल बतवनी । इ सभी दलित अगुवा सभन के चलखेल भईल उन्कर कहनाम बा ।

    ५५ लाख के सार्वजनीक भवन के बारे में दलित सभन के साथे पुछलाबाद उ भवन प्रदेश २ भर हि संघिय तथा स्थानिय मन्त्रालय अन्तर्गत के तराई मधेश समृद्धि अभियान कार्यक्रम से बनावल गईल बतवले ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here