बिकास निर्माण के काम मे कौनों सम्झौता ना होई – मुख्यमन्त्री राउत

109
१) जनकपुर धाम : प्रदेश न. २ निर्माण ब्यावशायी महासंघ को उद्धघाटन समारोह

जनकपुर, चईत १०

बिकास निर्माण के काम मे प्रदेश सरकार कौनों सम्झौता ना करी कह के २ न. प्रदेश के मुख्यमन्त्री लालबाबू राउत गद्दी कहले । नेपाल निर्माण ब्याशायी महासंघ प्रदेश न. २ के प्रदेश कार्यालय के उद्धघाटन करत मुख्यमन्त्री राउत अभईन के अवस्था मे बिकास निर्माण के काम मे ब्यापक अनियमितता आ ढीला सुस्ती होखेला कहते आवेवाला दिन मे अइसन काम कौनों हालत मे स्वीकार ना कईल जाई बतवले ।

काम लेवे खातिर निर्माण ब्यवशायी लोग कम मोल मे ठेक्का  कबोल करे के काम बढ़त गईलओकरा से सचेत होखे के मुख्यमन्त्री अस्वस्थ प्रतिस्प्रधा ना करे के निर्माण ब्यावसायी लोग के आग्रह समेत कईले ।

२) निर्माण ब्यावशायी महासंघ : प्रदेश न. २ निर्माण ब्यावशायी महासंघ जनकपुर कार्यालय समुद्घाटन समारोह

प्रदेश के बिकास के खातिर निर्माण ब्यावशयी के सहयोग आवश्यक बा बतावते गुणस्तरीय काम करेवाला ब्यावशयीलोग के पुरस्कृत करे के आ कमसल काम करेवाला के दंडित करे के प्रावधान समेत सरकार लिया रहल बा बतवले ।

बिकास निर्माण के काम मे ब्यावसायी कौनों मन्त्री, प्रदेश सभा सदस्य, कर्मचारी कौनों बहाना मे अवरोध सृजना कईला पर हामरा के जानकारी करावे के आग्रह करते मुख्यमन्त्री राउत अईसन लोग के करवाही करे के हम हर समय तैयार रहेम कहले ।

निर्माण ब्यवशायी महासंघ प्रदेश समिति के अध्यक्ष सुरेन्द्र मुन्ना के अध्यक्षता मे भईल यी कार्यक्रम मे प्रदेश सभा सदस्य परमेश्वर साह, जनकपुर उप महानगरपालिका के मेयर लाल किशोर साह, निर्माण ब्यवशायी महासंघ के केंद्रीय अध्यक्ष बिष्णु भाई श्रेष्ठ समेत के उपस्थिती रहल ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here