बिधालय मे फसरी लगा के लटकल अवस्था मे एगो बिधार्थी के लाश मिलल

175

धनुषा, ६ जेठ ।

जनकपुर उप-महानगरपालिका के एगो बिधालय मे एगो बिधार्थी फसरी लगाके लटकल अवस्था मे मिललन । जनकूपर के भानु चउक मे रहल मिथिला मोंटेश्वरी बोर्डिंग स्कूल मे कक्षा १० मे पढेवाला १६ बरीष के धीरेन्द्र साह बिधालय मे फसरी लगवाल मृत अवस्था मे मिललन धनुषा प्रहरी बतवले बा ।

जनकपुर उप-महानगरपालिका वाड न. १५ कूवारामपुर के रहनियार रूपनारायण साह के बेटा धीरेन्द्र साह बिधालय के हॉस्टल मे ही राहत आइल रहलन । रात के समय मे हॉस्टल के ग्रिल मे गम्छा  बान्ह के फसरी लगा के लटकल अवस्था मे देख के उनकर संघतिया लोग बिधालय प्रशासन के खबर कईले रहे लोग ।

धनुषा प्रहरी उपरीक्षक गोबिन्द थपलिया घटना स्थल से बरामद कईल समान प्रहरी नियंत्रण मे ले के प्रकृति मुचुल्का बना के लाश के परीक्षण खातिर जनकपुर अञ्चल अस्पताल मे भेज देहले उपरीक्षक थपलिया कहले । प्रहरी उपरीक्षक थपलिया घटना रहस्यमय बा क़हत लाश परीक्षण के प्रतिबेदन आईला के बाद ही हत्या ह की आत्महत्या बतावल जा सकता कहले ।

मिथिला मोंटेश्वरी स्कूल के यी घटना के कारण प्याब्सन धनुषा, एनप्याब्सन धनुषा आ मधेस प्याब्सन धनुषा आजू एक दिन के शोक छुट्टी घोषणा कईले बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here