बिधुतीय करेन्ट से एगो औरत के वीरगंज मुर्ली मे मृत्यु

1094

वीरगंज, ५ कुवार ।

वीरगंज महानगरपालिका वाड नम्बर १२ मुर्ली मे आजू करेन्ट लाग के एगो औरत के मृत्यु भईल बा ।

छिपहरमाई गाँवपालिका वाड नम्बर २ के बृजेश वीरगंज – १२ मुर्ली मे डेरा ले के रहत आइल रहले ।

पर्सा जिल्ला छिपहरमाई गाँवपालिका वाड नम्बर २ के बृजेश साह के पत्नी अंदाजन २४ साल के अनीता देबी के पंखा के स्विच अन करे के समय वीरगंज के मुर्ली मे अचानक करेन्ट लागला से घाही भइल रहली ।

करेन्ट लागला साथ ही साह के इलाज खातिर वीरगंज के नारायणी अस्पताला मे लियावल गईल गईल रहे । इलाज के क्रम मे ही करीब १०:३५ बजे उनका के नारायणी के डाक्टर मृत घोषित कईले रहे लोग ।

मृत्यु भईला के बाद पोष्टमार्टम कईल गईल आ ओकरा बाद लाश के मृतक के पति बृजेश के सौपल गईल पर्सा प्रहरी जानकारी करवले बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here