बिन्दवासिनी गाँवपालिका के हसवा मे अपरिचित आदमी के लाश मिलल

528

वीरगंज, ०१ कुवार ।

बिन्दवासिनी गाँवपालिका वाड नम्बर ५ हसवा मे एगो अपरिचित आदमी के लाश मिलल बा पर्सा प्रहरी जानकारी देहले बा ।

मंगर के दिने सबेरे १२:०० बजे के करीब धुताहा पुल के पश्चिम मे रहल नहर के किनारे घेट रेटल अवस्था मे एगो युवक के लाश मिलल पर्सा प्रहरी जानकारी करवले बा ।

अंदाजन २६/२७  बरिस उमर के एगो अपरिचित आदमी के लाश के खबर गाँववालन से मिलला पर ईलाका प्रहरी कार्यालय पोखरिया आ पर्सा प्रहरी वीरगंज घटना स्थल पर पहुचल रहे ।

 प्रहरी लाश के चेकजांच करत लाशजांच प्रकृति के मुचुल्का समेत उठा के  प्रारम्भिक अनुसंधान पूरा कर के पोष्टमार्टम खातिर लाश के वीरगंज के नारायणी अस्पताला लिया के आगा के अनुसंधान शुरू कईले बा पर्सा प्रहरी जानकारी करवले बा ।

प्रहरी के हिसाब से बरामद लाश के हुलिया विवरण एह प्रकार बा

गंहु रंग के गोराई, ५ फिट ५ इंच लम्बाई, शारीरिक रूप से पातर शरीर, लामा मुह आ लामा नाक, कपड़ा के जूता पहिनले, लाल मे उज्जर रंग के धारी वाला टीसर्ट पहिरले, ब्लू रंग के जींस पहिरले, घेट आ हात मे मोती के माला पहिरले आ बाया हात मे लोहा के बाला पहिरले अभी ले ठर ठेगाना ना खुलल अंदाजी २६/२७ बरिस के आदमी ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here