बिरगंज मच्छरगंज मे परिणत, मेयर सरवागी निष्क्रिय रहल स्थानिय के आरोप

110

वीरगंज (पर्सा), २ चईत

वीरगंज महानगरपालिका मे लगातार बढ़ रहल मच्छर आतंक के देख के त लागत बा की एकर नाम वीरगंज ना राख़ के ‘मच्छरगंज’ राखल जाई त जादा सूट करी । वीरगंज मे फैलल मच्छर के आतंक पर नियन्त्रण करे खातिर नगर प्रमुख विजय सरावगी से पहल ना भईल स्थानियवासी लोग के आरोप लाग रहल बा ।

एक ओर बढ़ रहल गर्मी आ दोसर ओर एकरा संघे लगातार बढ़ रहल मच्छर के आतंक से समूचा वीरगँजिया लोग आतंकीत हो गइल बा । अईसन मे महानगर के नगर प्रमुख के सक्रियता खुद बख़ुद बढ़े के चाहि, आपन मातहत के कर्मचारी से लेके हरेक वडा अध्यक्ष लोग के भी सक्रियता बढ़ेके चाहित ।

बाक़िर अनेकन संचार माध्यम से मच्छर आतंक के सामाचार अनेक बेर प्रकासन भईला के बाद भी वीरगंज महानगरपालिका के प्रमुख भा प्रशासन सब कोई मौन प्राय रहल वीरगंज वासी लोग के कहनाम बा ।

सझिया के ६ बजे से ही रूम मे मच्छर बईठे ना देवे, खाना खाए बेर एक हात से मच्छर मारे के परेला त दोसर हात से खाना खईल जाला, अइसन मे दिक्कत बहोत होखेला क़हत वीरगंज श्रीपुर निवासी मुकेश साह आपन ओरहन सुनईनी ।

ग्रमी के मौसम शुरू होखे संघे वीरगंज के कुछ इलाका मे त अइसन हाल बा की मानी मच्छर दिन दहाड़े रउआ के उठाके ले जईहे स्थानिय लोग के अनुभव बा । ऐह विषय पर मेयर सरावगी के ऊपर चारु ओर से दबाव परला के बावजूदों अभिन तक खासे कुछों ना कईल स्थानियवासी लोग के आरोप बा ।

नगर प्रमुख विजय सरावगी सहित महानगर के वडा अध्यक्ष सहित सब कोई के मिल के मच्छर आतंक के रोके खातिर मच्छर मारेवाला दवाई छरीके मे अब कवनो किसिम के देरी ना करे के चाही, अगर समय पर दवाई ना छिर्कल गइल त वीरगंज के मच्छरगंज बने मे देर ना लागि क़हत मच्छर पर यथा संभव नियंत्रण करेके स्थानिय लोग के माँग बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here