बिरगंज में डाक्टर पढेवाला विधार्थी द्वारा चाकु प्रहार, ३ जने घायल

1248

कृष्ण श्रीवास्तव
पर्सा, २० असार ।

पर्सा जिला में रहल नेशनल मेडिकल कलेज में अध्ययन कर रहल दु गो विधार्थी बिच चाकु प्रहार भइला से ३ जने घायल भइल बा लोग । घरायसी विवाद के लेके भइल झगड़ा चाकु से मारपीट में परिणत भइल रहे ।

सर्लाही जिला स्थाई घर रहल आ वीरगंज के वडा नम्बर १५ स्थित त्रिमुर्ति चौक में डेरा लेके रहत आ रहल अरबिन्द सहनी आ रंजित प्रसाद रौनियार बिच भइल चाकु प्रहार से ३ जने सख्त घायल भइल बाड़े ।

नेशनल मेडिकल कलेज में पढ़ रहल २८ बर्षिय अरबिन्द सहनी द्वारा चाकु प्रहार भइला से दोसर विधार्थी रंजित प्रसाद रौनियार आ उनकर बहिन चांदनी देवी रौनियार घायल भइल बाड़ी त उनकरे मतारी मिनादेवी रौनियार के हात में भी चोट लाग के समान्य घायी भइल बाड़ी । घायल तिनु लोग के इलाज नेशनल मेडिकल कॉलेज में हो रहल प्रहरी जनवले बा ।

घायल रंजित के पेेट में चाकु प्रहार भईल रहे । १५ बर्षिय चांदनी आ ६० बर्षिय मिनादेवी के घाव सामान्य अउरी २८ बर्षिय रंजित के घाव मध्यम खाल के रहल प्रहरी बतवले बा ।

चाकु प्रहार करेवाला अरबिन्द सहनी घटना बाद फरार रहला से उनकर खोजतलाश में प्रहरी लागल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा जनवले बा।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here