बीरगंजबासी टेंशन मे सड़क बिभाग एक्शन मे, मेन रोड २५/२५ मीटर टूटे के निश्चित

1651
सड़क चौडीकरण के आम पकडलख गति २५/२५ मीटर टूटे के निश्चित

बीरगंज, २१ चईत

देश के आर्थिक राजधानी आ देश के मुख्य प्रबेश द्वार महानगर बीरगंज आधुनिक आ ब्यापरिक शहर के रूप मे स्थापित बढले बा बकीर अब यी शहर के आधुनिक ढंग से ब्यापरिक बिकास आ निर्माण खातिर बीरगंज के मुख्य सड़क के चौडीकरण होखे के निश्चित भईल बा ।

छ लाईन के सड़क परियोजना आ ब्यापरिक मार्ग परियोजना सड़क के चौडीकरण खातिर जिल्ला प्रशासन कार्यालय मे परवानी पुर से गंडक चौक होते हुवे पावर हाउस तक आ रजत जयंती चौक से नेपाल- भारत सीवान पर बनल मितेरी पुल तक दहीने बांवे २५/२५ मीटर सड़क चौडीकरण करे खातिर मदत करे के मांग करत चिट्ठी आइल बा कह के पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी बिनोद प्रकाश सिंह बतवले ।

एकीकृत जाँच चौकी (ICP), चांडाल चौक, परवानीपुर, पथलैया तक छ लाईन सड़क योजना के काम हो गईला के बाद परवानीपुर से लेके बीरगंज के मुख्य सड़क होते हुवे मितेरी पुल तक २५/२५ मीटर दहीने आ बांवे सड़क चौडीकरण के काम यीहे आर्थिक बर्ष के भीतरे पूरा करे के उदेश्य के साथ काम आगा बढ़ावल गईल बा अईसन जानकारी मिलल।

बीरगंज पावर हाउस चौक से घण्टाघर तक दहीने बांवे २५/२५ मीटर सड़क चौडीकरण करे के कौनों समस्या नईखे माकिर घण्टाघर से माईस्थान, आदर्शनगर, अलखियामठ चौक, बिर्ता चौक, छापकैया होते हुवे रजत जयंती चौक तक बहुते समस्या आ सकता आ अईसन समस्या से निपटे के बिषय पर संबन्धित ब्यक्तित्व आ पक्ष लोग से गंभीर रूप से बतकही हो रहल बा जानकारी आईल बा । ओइसे ही महानगरपालिका के मुख्य बाजार क्षेत्र मे दहीने आ बांवे १५/१५ मीटर चौडीकरण कईल जा सकता अइसन बिचार अगाडि लियावाल गईल बा कह के  प्रमुख जिल्ला अधिकारी बिनोद प्रकाश सिंह बतवले ।

सड़क बिभाग के माने त पहिले के नाप आ नक्शा के हिसाब से अबकी बार मेन रोड मे रहल मुख्य बीरगंज बाजार के भसकावे के आ सड़क अतिक्रमण हटा के दहीने बांवे २५/२५ मीटर के हिसाब से ही सड़क चौडीकरण करे के अभियान मे लागल बा जानकारी मिलल ।

पथलैया- परवानीपुर – एकीकृत जाँच चौकी सड़क परियोजना पूरा भईला के बाद बीरगंज मे सड़क बिस्तार के काम मे तेजी पकडला के बाद मेन रोड पर घर बनवले बीरगंज बासी चिंतित भईल बा लोग । अबकी बेर के स्थिर सरकार आ स्पष्ट सरकारी निर्देशन के कारण बीरगंज के रोड चौडीकरण निश्चित बा ओमे कौनों दु मत नईखे श्रोत के ठोकुवा कईले बा ।

श्रोत : कृपा दैनिक

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here