खानेपानी के कर्मचारी वीरगंज वासी के स्वास्थ्य से खेलवाड कर रहल, घण्टाघर मे फुटल पाइप भी मर्मत ना करे सकलन

138

बीरगंज, १३ जेठ।

बीरगंज के हृदय मानल गईल घण्टाघर के आगा खानेपानी के पाइप फूटला पर भी बेवस्ता भईल बा । घण्टाघर के आगा दक्षिण ओर के बीच सड़क मे नीचे खानेपानी संस्थान के पाईप फूटला के वजह से पिएवाला पानी आजू ३ दिन से दिन रात सड़क पर बह रहल बा माकिर अभी तकले खानेपानी संस्थान के ध्यान नईखे पहुचल ।

बीरगंज के घण्टाघर  जनता खातिर एगो घाम मे छेहरी देवे वाला बृक्ष के रूप मे खड़ा बा जहा सबेरे से साझ तक आदमी लोग के आराम करत चाहे कोई के राह ताकत देखल जाला । बीरगंज मे बढल गर्मी के कारण जनता के जहा पिएवाला जल्दी ना उपलब्ध हो सकेला उहे घण्टाघर के आगा बीच सड़क मे फुटल पिएवाला पानी के पाई से दिन रात सयो लीटर बर्बाद हो रहल बा माकिर अभी तक संबन्धित निकाय के ध्यान एह ओर नईखे पहुचल ।

घण्टाघर बस एगो उदाहरण ह अगर बीरगंज के दोसार वाड वाड मे घुमल जाव त खानेपानी के फुटल पाईप अनेकन जगह देखे के मिली जेसे मालूम चलता की खानेपानी के कर्मचारी लोग आपण काम प्रति केतना ईमानदार बा लोग ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here