बीरगंज के बैंकन में खाताधारी से बहुती पीड़ित बैंक के कर्मचारी

243
प्रभु बैंक बीरगंज

फागुन २७ बीरगंज

प्रभु बैंक बीरगंज शाखा में आजू ४:३० सझिया के एगो खाताधारी आपन ओरहन लेके बैंक क्रमचारी लागे गईले | खाताधारी के ओरहन रहे की बैंक में पैसा जामा चाहे निकाले खातिर एक से डेढ़ घंटा लाईन में लागे के परता जेसे सब कोई के आपन जरूरियात काम काज छोड़ के बैंक में लाईन में खडा रहे के परता एकरा से अच्छा रहित की रौवा लोगन बैंक में क्रमचारी बढावती जेसे खाताधारी चाहे दोसर आदमी के समय के बचत होखित |

बैंक क्रमचारी के उनका से बतकही करत कहले जबाफ देहले की रउवा जईसन सब कोई कामकाजीये आइल बा लोग | जईसे अउरी कोई लाइन में लागल बा रउवो लागी जवन क्रमचारी बा एतने बा हम काहा से अउरी क्रमचारी बढाई | क्रमचारी बढ़ा के के हम आपना जेब से पईसा दी | बैंक के क्रमचारी खाताधारी वाला के कहले की जाई आपन ओरहन जा के मनेजर के सुनाई | क्रमचारी के कहनाम रहे की हमनी सबेरे ९:४५ से सझिया ५ बजे ले भूखे पियासे काम करेनी हमनी के भी समस्या बैंक के ऊपर वाला ब्याव्स्थापन बिभाग ना बुझे त हमनी काहे दोसरा के समस्या बुझी |

बीरगंज में लगभग हर बैंक में ईहे समस्या बा बैंक के क्रमचारी से ले के खाताधारी लोग एक दोसरा से पीड़ित बा लोग | अईसन लगता के बैंक पैसा के कारोबार में काम आ श्रम शोषण पर ज्यादा क्रियाशील बा | नेपालरास्ट्र बैंक के एह समस्या समाधान प्रति ध्यान देके ओकर निवारण करे के चाहित ता की कोई बैंक आपन क्रमचारी के श्रम शोषण ना करो आ खाताधारी लोग आपन समय के बचत करत बैंकिंक कारोबार ठीक से कर सको लोग |

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here