बीरगंज जेल से गणतन्त्र दिवस के अवसर पर २० कैदी बन्दी रिहा

662

बीरगंज, १५ जेठ ।
११ औं गणतन्त्र दिवस के अवसर पर आजु वीरगंज जेल से २० जने कैदी बन्दी सब मुक्त भइल बाडन । नेपाल सरकार मन्त्री परिषद के सम्पन्न वैठक से गृहमन्त्रालय के चाल चलन ठिक भइल, आधा अवधि से जादा कैद भुक्तान कइल कैदी बन्दी सब के जेल मुक्त करे के कइल सिफारिस अन्तरगत निज सब के आजु मुक्त कइल गइल विरगंज जेल के प्रमुख चक्रपाणी गौतम बतइनी ।

कारागार मुक्त भइल मे महोत्तरी के विरेन्द्र सिंह, सर्लाही के विरेन्द्र चौधरी, महोत्तरी के भोला यादव, सर्लाही के राम विनोद राय, वारा के शेषनाथ साह, सगावल राउत अहिर, जिम्दार प्रसाद यादव, प्रभा देवी सोनार, पर्सा के लालाबाबु खान, ब्रम्हदेव राउत कुर्मी, मकवानपुर के साईली माया विक, देवमाया लामा लगायत के रहल बाडन ।

कारागार से मुक्त भइल सब आजु पर्सा के सि.डि.यो., प्रहरी प्रमुख लगायत के सुरक्षा अधिकारी सब संगे भेटघाट करत विगत के से अभि कारागार व्यवस्थित आ सुधार भइल प्रतिक्रिया देहले रहलन । एने सि.डि.यो. लोकनाथ पौडेल से बीरगंज कारागार के सुधार गृह के रुप मे स्थापित करके गृहकार्य मे अपना सब जुटल आ कारागार विगत के से व्यवस्थित आ सरसफाई प्रति उचित व्यवस्थापन कइल अपना से भेटाइल बतइनी ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here