बीरगंज नगरसभा गृह मे अनुभूती एजुकेशन फाउंडेशन के ११ कक्षा द्वारा १२ कक्षा के बिदाई समारोह सम्पन्न

163
नगरसभा गृह बिरगंज मे आयोजित बिदाई समारोह कार्यक्रम मे उपस्थित अतिथि गण

 

बीरगंज, १९ चईत

बीरगंज के नगरसभा गृह मे आजू अनुभूती एजुकेशन फाउंडेशन के ११ कक्षा मे पढेवाला बिधार्थी लोग द्वारा १२ कक्षा के बिधार्थी लोग के बिदाई समारोह सम्पन्न कईल गईल । अनुभूती एजुकेशन फाउंडेशन के बिदाइ कार्यक्रम सफलता पूर्वक सम्पन्न भईल ।

बिदाई समारोह कार्यक्रम के प्रमुख अतिथि मे सेंट जेभीयर्स बिध्यालय के प्रधानाचार्य डा. हरीशंकर साह , सभापति मे अनुभूती एजुकेशन फाउंडेशन के प्रधानाचार्य सुमन कार्की, फ़ाईनान्स डाईरेक्टर सरोज हुसैन आ मैनेजिंग डाईरेक्टर श्री राम दास के उपस्थिती रहल ।

प्रमुख अतिथि डा. हरीशंकर साह आपन बिचार ब्यक्त करत १२ कक्षा के बिधार्थी लोग के भबीष्य मे इमन्दरिता के साथ पढ़ाई करत आगा बढ़े के शुभकामना देहनी ।

 अनुभूती एजुकेशन फाउंडेशन यी बरिस के उत्कृष्ट बिधार्थी के नाम घोषणा करत बिज्ञान समूह से मुक्ति राम आ वाणिज्य समूह से बीनय महतो के student of the year अवार्ड से सम्मानित कईलख ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here