बीरगंज महानगरपालिका मेयर बिजय सरावगी के पद से राजीनामा देवे खातिर पत्राचार सहित बिप्लव के चेतावनी

531

बीरगंज, ५ चईत

बीरगंज महानगरपालिका के मेयर बिजय सरावगी सहित स्थानीय तह के जनप्रतिनिधि लोग के राजनीमा के मांग करत नेत्रबिक्रम चंद बिप्लव नेतृत्व नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी (नेकपा) के लिखित पत्र सहित के धम्की आईल बा | पत्र मे बीरगंज महानगरपालिका के मेयर सरावगी के राजीनामा मांग कईल बा । जिल्ला जन परिषद (जनसत्ता) के संयोजक पत्र भेज के सारा प्रतिनिधि के राजीनामा मांग कईले बा । बिप्लव नेतृत्व के नेकपा देश भर मे जन परिषद के निर्माण कर के आगाड़ी बढ़ रहल बतावते राजीनामा पत्र मे दलाल संसदीय सत्ता के कथित जनप्रतिनिधि बन के ना रहे के लिखल बा ।

“ रउवा दलाल संसदीय सत्ता के कथित जनप्रतिनिधि बन के बईठल मतलब जनघात आ रास्ट्रघात मे सही छाप लगईनी जईसन ह । नेपाली जनता प्रति बिश्वाशघात कईल बराबर ह ।देश आ जनता के फेरु से युद्ध के ओर ढ्केलल जईसन ह” । पत्र मे आगे लिखल बा – अत  : हमनी के जन सत्ता दलाल संसदीय सत्ता के पूरा प्रक्रिया आ गतिबिधी खारेज कर के आगा बढ़ रहल संदर्भ मे राउर यी पुरान आ कथित प्रतिनिधि से जल्दी से जल्दी राजीनामा दे के बैज्ञानिक समाजबाद स्थापनार्थ संचालन होखेवाला एकीकृत जनक्रांतिमे साथ, सहयोग, सामेल आ समर्थन के खातिर हार्दिक अपील करे के चाहतबानी । पर्सा जिल्ला संयोजक बुच्ची यादव के हस्ताक्षर कईल रजिनमा पत्र मे जनता के तरफ से होखेवाला प्रतिबाद के सामना आ ओसे बनेवाला परिस्थिति के जिम्मेवार अपने बने के चेतावनी देहल बा ।

बीरगंज महानगरपालिका के मेयर बिजय सरावगी कहले जनमत से जीत के आईल जनप्रतिनिधि हर परिस्थिति से लड़े के तैयार बा । हमनी के जनता चुनले बा ओहि से जनता के सामना करे के बा आ कौनों परिस्थिति मे सामना करे से पीछे ना हटेम हमनी सरावगी बतवले । साभार : यात्रा डेली

 

 

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here