बेटी के साथे दुष्कर्म के आरोप मे वीरगंज श्रीपुर से एक जने प्रहरी हिरासत मे

    1405

    वीरगंज, ६ कार्तिक ।

    बेटी के साथे दुष्कर्म के आरोप मे प्रहरी वीरगंज के श्रीपुर से एक जने के पकडले बा । वीरगंज महानगरपालिका वाड नम्बर ११ श्रीपुर के ४० साल के युवक के प्रहरी पकडले बा । उ दारू के नशा मे सोमार के दिने आपन १५ साल के बेटी के साथे दुष्कर्म कईले प्रहरी जानकारी करवले बा ।

    सोमार के घटना के बाद राति ११ बजे श्रीपुर टोला मे हाल्ला भईल रहे । मंगर के सबेरे प्रहरी मे निवेदन परला के लगलिए प्रहरी उ लड़की के बाप के पकडले बा ।

    लड़की के माई रोजगार खातिर कुवेत मे बाड़ी । घर मे कोई ना रहल समय मे बारमबार दुष्कर्म करे के बात पीड़ित लईकी बतवले बाड़ी । पीड़ित के दोषी बाप के उपर आगा के अनुसन्धान प्रहरी शुरू क देहले बा प्रहरी प्रवक्ता डीएसपी वीरेन्द्र बहादुर शाही जानकारी करवले । वीरगंज वाड नम्बर ११ के वाड अध्यक्ष प्रधूमन सेढ़ाई लईकी के आरोप लगावला के बाद प्रहरी उनका बाप के पकड़ के ले गईल जानकारी करवले ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here