The biggest Bhojpuri digital media of Nepal

बैंगलोर के विरोध में कोलकाता के रोमान्चक जित, सुनील नारायण बनले सितारा

वीरगंज, चईत २६ गते

सुनील नारायण के आक्रामक अर्थ्सतक से कोलकाता आईपीएल में अच्छा जित से सुरुवात कईले बा। टॉस जीतल कोलकाता नाईट राईड़ेर्स के कप्तान दिनेश कार्तिक बालिंग  लेलन।  बैंगलोर बल्लेबाजी करत २० ओभर में ७ विकेट के नुक्सान पर १७६ रन बनईले रहे। बंगलोरे के ओरिसे दिविलिर्स ४४, कोहली ३१ आ मनदीप सिंह ३७ रन योग्दान देले रहे लोग। बलिंग करत कोलकाता के ओरीसे विनय कुमार आ नीतिस राणा २-२ विकेट आ इयुश चावला , जोह्सोंन आ नारायण १-१ विकेट लेले रहे लोग।

कोलकाता से ओपनिंग करत सुनील नारायण जम्मा १९ बॉल में ही ५ गो छक्का आ ४ गो चौक्का सहित ५० रन बनईले रलन। ओइसे ही नीतिस राणा ३४ रन आ  कप्तान कार्तिक ३५ रन बनाके नॉट आउट रहलन । बलिंग करत बैनग्लोर से च्रिस वोक्स ३ विकेट, उमेश यादव २ विकेट आ सुनदर १ विकेट लेलख लोग। सुनील नारायण के शानदार आक्रामक पारी के चलते मैन ऑफ़ दि मैच के अवार्ड मिलल।

प्रतिकृया
Loading...