The biggest Bhojpuri digital media of Nepal

ब्यूटीपार्लर आ सैलून खोले देवे के मांग करत वीरगंज मे प्रदर्शन

वीरगंज, १४ आषाढ़ ।

ब्यूटीपार्लर आ सैलून खोले देवे के मांग करत पर्साके  ब्यूटीसियन आ सैलून संचालक वीरगंज के घण्टाघर मे आजू प्रदर्शन कईले बा लोग । सुरक्षा आ सतर्कता के पालन करते सैलून आ ब्यूटीपार्लर खोले देवे के मांग करत वीरगंज के हृदय घण्टाघर मे प्रदर्शन भइल बा ।

घण्टाघर मे प्रदर्शन करत उ लोग सैलून आ ब्यूटीपार्लर खोले के सरकार द्वारा मांग करत मेहनत कर के दु वक्त के रोजीरोटी खातिर कमाए देवे के वातावरण बना देवे के मांग कईले बा लोग ।

ओइसे ही उ लोग लकडाउन के समय भर के घर भाड़ा, बैंक के ऋण मीनहा करे के, राहत प्याकेज के व्यवस्था करे के, व्यक्तिगत स्वस्थ्य सुरक्षा सामाग्री निशुल्क व्यवस्था करे समेत के मांग करत प्रदर्शन कईले लोग । आपन मांग प्रति कोई भी वास्ता ना कईला के वजह से ही आजू हमनी ब्यूटीपार्लर संचालक लोग सड़क पर उतर के प्रदर्शन करे खातिर मजबूर भइनी ब्यूटीसियन संघ पर्सा के अध्यक्ष उर्मिला थापा कहली ।

प्रतिकृया
Loading...