ब्रिटिश बैज्ञानिक प्रसिद्ध भोतिकशाष्त्री स्टेफन हकीन्ग के निधन

49
ब्रिटिश बैज्ञानिक प्रसिद्ध भोतिकशाष्त्री स्टेफन हकीन्ग

राजेश अभिराज यादव

लन्दन, ३० फगुन

ब्रिटिश बैज्ञानिक प्रसिद्ध भोतिकशाष्त्री स्टेफन हकीन्ग निधन हो गईल बा | स्टेफन ७६ बारिस के रहले | उनका परिवार के जानकारी अनुसार उनकर बुध के दिने निधन भईल बा |

स्टेफन एको बहुते प्रसिद्ध भौतिकशाष्त्री रहले | स्टेफन द्वारा १९८८ में लिखल गईल किताब  “अ  ब्रिफ हिस्ट्री अफ टाईम” दुनिया में सबसे बहुती बेचाए वाला किताब में से एगो ह |

उनकर तिन को लाडकालड़की बुध के दिने बिग्यप्ती प्रकाशित कर के स्टेफन के निधन के जानकारी करवलख लोग | उनकर लड़की लूसी आ लडकालोग रबर्ट आ टीम ओह बिग्यप्ती में कहले बा लोग “ हमनी के बाबूजी के आज निधन हो गईल जेकरा कारण हमनी बहुते दुखी बानी” |

ओह बिग्यप्ती में उ लोग हमनी के बाबु जी माहान बैज्ञानिक आ असाधारण आदमी रहनी कहले बा लोग | उनकर कृति , काम आ योगदान आवे वाला दिन में बहुते दिन तक ज़िंदा रही कहले बा लोग |

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here