वीरगंज, २७ माघ
पर्सा के कालिकामाई गा.पा. ३, हरिहरपुर मे आयोजित लहुदान कार्यक्रम मे एक महिला सहित ३४ आदमी लहुदान कइले बा । ब्रिलिएन्ट युवा क्लब, भेडिहारी द्धारा आयोजित लहुदान कार्यक्रम मे कालिकामाई गा.पा. वडा नं. ३, हरिहरपुर के वडा अध्यक्ष संजय पटेल, वडा नं. ४, प्रशुरामपुर के वडा अध्यक्ष हरिओम साह कलवार, नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा के उपाध्यक्ष अनुप तिवारी, सशस्त्र बेस क्याम्प सबैठवा के प्रहरी निरिक्षक लापसांग तमांग, सशस्त्र बेस क्याम्प पकहा मैनपुरके प्रहरी निरिक्षक बिक्रम बोग्टी, गोमा कठायत, बृज चौधरी, उमाशंकर साह, ओमप्रकाश साह, सदाम हुसेन, गरिब राउत गद्दी, सहरुम हवारी, कन्हैया चौरसिया, राजेश पासवान, ध्रुव खडका, पुरन प्रसाद चौधरी, प्रेम कुमार थारु, प्रभु प्रसाद पटेल, सरोज चौधरी, अरुण कुमार पटेल, आजाद अली, टेक बहादुर केसी, रमेश उप्रेती, बिश्वनाथ साह, कृष्णा प्रसाद चौधरी, हरिचन्द्र प्रसाद पटेल, मोजामिल देवान, धर्मेश कुमार पासवान, आवास आलम, कृष्णा साह, पप्पु कुमार पाल, सुदर्शन साह कानु, उदय वाइबा, बिनोद कुंवर थारु लहुदान कइनी लोग ।

कालिकामाई गा.पा. वडा नं. ३ के वडा अध्यक्ष संजय पटेल के अध्यक्षता मे आ कालिकामाई गावपालिका के प्रमुख नथुनी प्रसाद कुशवाहा के प्रमुख आतिथ्यता मे भइल कार्यक्रम मे पोखरिया नगरपालिका के प्रमुख दिपनारायण रौनियार, ब्रिलिएन्ट युवा क्लब के कार्यक्रम प्रमुख आ गैसस महासंघ नेपाल, पर्सा के अध्यक्ष छठु साह, कालिकामाई गा.पा. वडा नं. ५, बीरन्चीबर्वा के वडा अध्यक्ष पवन तिवारी, कट्टी बेस क्याम्प सुर्जाह के इन्चार्ज लेखराज कोइराला, स्वास्थ्य चौकी भेडिहारी के इन्चार्ज असेसर महतो, स्वास्थ्य चौकी हरिहरपुर के प्राबिधिक जमुना प्रसाद चौरसिया लगायत लोग के सहभागिता रहल रहे ।
कार्यक्रम के संचालन ब्रिलिएन्ट युवा क्लब के सचिव शम्भु कुमार सुमन कइले रनी त कार्यक्रम के अतिथी लोगके हाथ से लहुदान कइल लोग के प्रमाण पत्र भी दिवल गइल रहे । वडा कार्यालय हरिहरपुर के भवन मे भइल लहुदान कार्यक्रम मे नेपाल रेडक्रस रक्त संचार केन्द्र बीरगंज के जितेन्द्र कुशवाहा नेतृत्व के प्राबिधिक लोग के समुह लहु संकलन कइले रहे ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here