ब्लु हेभेन ऐकाडेमी लंगडी के आयोजना मे भइल स्वास्थ्य शिविर मे ६ सय जना के स्वास्थ्य परिक्षण

63

पोखरिया, २६ फागुण ।
पर्सा के धोबिनी गावंपालिका के लंगडी मे आज निशुल्क स्वास्थ्य शिविर पुरा भइल बा । ब्लु हेभेन ऐकाडेमी धोबिनी गा.पा. ४ लंगडी के आयोजना मे भइल स्वास्थ्य शिविर मे ६ सय ४२ लोग स्वास्थ्य परिक्षण करइले बाडन । बिद्यालय के प्रधानाध्यापक सुदिल पटेल के अध्यक्षता मे भइल स्वास्थ्य शिविर मे बरिष्ठ स्त्री रोग विशेषज्ञ डा. खुश्बु अग्रवाल, वरिष्ठ नवजात शिशु तथा बाल रोग बिशेषज्ञ डा. पन्नालाल प्रसाद पटेल, किडनी, मुटु, छाती पेट चिनिरोग नशा गठीया तथा थाइराइड रोग विशेषज्ञ डा. अभिनाश गिरी आ नाक कान तथा घाटी रोग विशेषज्ञ अशोक कुमार गुप्ता बिरामी लोग के स्वास्थ्य परिक्षण कइले रलन । ब्लु हेभेन एकाडेमी कें प्राङ्गण मे भइल शिविर मे निशुल्क औषधी समेत वितरण भइल रहे ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here