भन्सार अगाडी तरकारी रोड पर फेक के बिरोध भईल

407

वीरगंज, २५ फाल्गुन ।
वीरगंज भन्सार द्वारा अन्तशुल्क तेब्बर कईला पर तरकारी व्यवसायी लोग मुख्य भन्सार अगाडी भारत से लियावाल हरा सब्जी सडक पर फेक के बिरोध जनईले बा लोग ।

नेपाल अधिराज्य भर भारत से लियावल हरिहर तरकारी के प्रति किलो ५ रुपैया के दर से अन्तशुल्क लियात रहे बाक़िर वीरगंज भन्सार द्वारा अन्तशुल्क १५ रुपैया लेहला पर बिरोध भईल तरकारी व्यापारी अकलेश साह बातैनि ।

ओईसही वीरगंज भन्सार के अधिकृत संतोष यादव से जानकारी लेहला पर हरिहर तरकारी के किसिम पर हमनी से मुल्य शुल्क निर्धारण भईल बा बाक़िर ई दर रेट वीरगंज भन्सार बाहेक आउर भन्सार मे ना रहल बतावले बानी ।

बिरोध के कारण से वीरगंज भन्सार के यातायात घण्टो तक अवरोध भईल रहे । बिरोध के तिन घण्टा पश्चात हरिहर तरकारी व्यापारी अउरी भन्सार प्रमुख सेवन्तक पोख्रेल बिच किलो पर १० रुपैया सहमती भईला के बाद बिरोध कार्यक्रम रोकाइल रहे । साभार – अंकुश दैनिक ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here