भरत खवास के ह्याट्रिक से आर्मी विजयी

317

वीरगंज, ३० पुस ।

भरत खवास के ह्याट्रिक सगे दुसरका विशाल समृति फुटबल प्रतियोगिता मे आर्मी विजयी भइल बा । वीरगञ्ज के नारायणी रंगशाला मे जारी प्रतियोगिता मे आर्मी बारा सिमरा के नव जनजागृति युवा क्लब के ३–० गोल अन्तर से पराजित कइले ह ।

प्रतियोगिता मे दोबारा ह्याट्रिक करे मे सफल आर्मी के भरत खवास हि म्यान अफ दी म्याच घोषणा भइलन । प्रतियोगिता मे मगर के झापा ११ आ भारत सिलगुडी के रोयल एफसीबीच प्रतिश्पर्धा होखे के आयोजक जनइले बा ।

प्रतियोगिता के विजेता टिम के कपसहित नगद ५ लाख ५५ हजार पाँच सय ५५ आ उपविजेता के २ लाख ७७ हजार सात सय ७७ रुपैयाँ पुरस्कार देहल जाई । सर्वोत्कृष्ट खेलाडी के सुजुकी के जिक्सर मोटरसाइकल भि पुरस्कार रहल बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here