भाइजान आफ वीरगंज FB पेज द्वारा २०० परिवारन के इद सामाग्री सहयोग

341

वीरगंज, ८ जेठ ।

इस्लाम धर्म के महान आ पवित्र पर्व इद के शुभ अवसर पर खरीददारी खातिर बाजार मे होखेवाला भीड़ के ध्यान मे राखत भाइजान आफ वीरगंज नाम के सामाजिक संस्था गरीब आ असहाय परिवारन के घर घर चहुप के इद खातिर ज़रूरियात सामाग्री साथे आर्थिक सहयोग पाहुचावे के अभियान शुरू कईले बा ।

भाइजान आफ वीरगंज नाम से फेसबुक पर क्रियाशील रहल कोरोना के कारण अभी के संक्रमण काल मे बाहर ना निकले सके के स्थिति बा एही से सभे कोई के घर से बाहर निकल के बाजार मे बिना ज़रूरियात भीड़ ना लागावे के निहोरा करत उ लोग के ज़रूरियात सामाग्री घर मे पाहुचावे के व्यवस्था कईले बा लोग ।

विश्वभर फ़ईल रहल कोरोना संक्रमण वीरगंज मे भी बढ़त क्रम मे रहल स्थिति मे इद के समय बाजार मे खरीददारी करे गइला पर संक्रमण बढ़े के जोखिम बढ़ी एही से संक्रमण से सुरक्षित रहे खातिर घर मे ही सब कोई के रहे के निहोरा कईल गईल बा ।

वीरगंज के श्रीपुर, मुर्ली, रानिघाट, भिस्वा, परवानीपुर आ छपकइया समेत के क्षेत्रन मे रहेवाला करीबन २०० मुस्लिम समुदाय के गरीब आ असहाय परिवारन के इद खातिर ज़रूरियात समान बांटल गईल ।

इद के अवसर पर ज़रूरियात समान सहित सेवई, चीनी, दूध खातिर आर्थिक सहयोग कईल गईल सामाजिक अभियानता आ यी संस्था के नौसाद अंसारी आ आजाद अंसारी जानकारी करवले ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here