भादो ७ गते से थरूहट आन्दोलन सुरू – लक्षमण चौधरी

445

प्रभु यादव, कलैया । असार २० ।

बारा के कलैया मे पत्रकार समेलन मे बोलत टीकापुर घटना मे जेल जीवन वितावल लक्ष्मण चौधरी भादो ७ , ८ आ ९ गते विद्रोह दिवस मनावे के तयार होरहल जनकारी करावले बानी ।

थारू सब के शान्तिपूर्ण आन्दोलन मे टिकापुर घटना मे निर्दोष सब के सरकार फसावले बा जवना के विरोध मे नेपाल के लाखों थारू सब टिकापुर मे जम्मा होके आन्दोलन के तयारी कर के अगाडि बढी चौधरी जनकारी देहनी ।

मधेशी आ थारूवान एक साथ होके आपन अधिकार के खातिर आन्दोलन करी चौधरी पत्रकार समेल्लन मे जनकारी करावनी ।

नेपाल मे सात प्रदेश के अवधारण थारू ना मानि चौधरी जनकारी देहनी । संविधान मे बहुत तुरूटी रहल बा ओकरा के सचियावे के परल चौधरी बतावले बानी । २०७२ असोज ३ गते संविधान जारी भइल दिन संविधान के दस्तावेज जरावल जाई चौधरी जनकारी देहनी ।

४२ महिना वाद जेल से आईल चौधरी सरकर से टिकापुर के धटना के लाल प्रतिवेदन सर्वजनीक करे के चौधरी जनकारी करावत सरकार के चुनावती देहनी । थरूहट आन्दोलन के राजपा आ समाजवादी पार्टी से समन्वय कर के चलेके जनकारी देहनी ।

बियफे के दिन थारू पत्रकार संघ के रेनु चौधरी के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे जेल मे टिकापुर घटना मे गईल चुनिराम चौधरी, रामप्रसाद चौधरी लगायत कलैया मे आठ जने के सख्या मे आईल टोली सब पत्रकार सम्मेलन में उपस्थित रहे ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here