भारतके रक्सौलमे लकडाउनमे फंसल २२२ नेपालीके नेपाल लियावेके तैयारी

    332

    वीरगंज, ६ जेठ ।

    वीरगंज-रक्सौल सीवानके रक्सौल क्षेत्रके क्वारेंटाइन मे रहल २२२ नेपाली जनताके नेपाल लियावेके तैयारी शुरू भईल बा । वीरगंजमे क्वारेंटाइन बनावेके तैयारी अंतिम चरणमे पहुचल बा आ बुधके दिने नेपाल लियावेके व्यवस्था मिलावल गईल बा पर्साके सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी ललितकुमार बस्नेत जानकारी करवले बाड़े ।

    सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी बस्नेत कहले, ‘पर्सा सहित २५ गो जिल्लाके नेपाली लोग रक्सौलमे भारत द्वारा रक्सौल क्षेत्रमे निर्माण कईल गईल क्वारेंटाइनमे दिन काट रहल बा लोग । उ लोगके राखे खातिर क्वारेंटाइनके व्यस्थापन हमनी कर रहल बानी । वीरगंज ठाकुरराम बहूमुखी क्याम्पस सहित दोसर स्थानमे भी क्वारेंटाइनके वायस्थापन हो रहल बा । ठाकुरराम बहुमुखी क्याम्पसमे रहल क्वारेंटाइनके भारतीय नागरिक लोगके आजू भारत भेज देहलाके चलते उ क्वारेंटाइन अभी खाली बा ।

    बस्नेतके हिसाब से रक्सौल मे पर्सा बाहेक काठमाण्डू, कैलाली, सुर्खेत आ झापा समेत कैयन जिल्लनके लोग फंसल बा । काठमाण्डू बाहेक दोसर जिल्लाके आदमीके उ लोगके जिल्ला ही भेजे के तैयारी भी हो रहल बा बतवले ।

    सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी बस्नेत कहले, काठमाण्डूके २ जने बा लोग । उ दुनु जानेके वीरगंजके क्वारेंटाइनमे ही राखल जाई बाँकी दोसर जिल्लाके आदमी लोगके उ लोगके जिल्लामे रहल क्वारेंटाइनमे ही भेंजे के व्यवसथा खातिर उ जिल्लाके संबन्धित प्रमुख जिल्ला अधिकारी से समन्वय हो चुकल बा ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here