भारतमें हो रहल भोजपुरी भाषा आन्दोलन के जोरदार भोजपुरिया प्रस्तुति हर भोजपुरिया खातिर

152
भारतीय भोजपुरिया आंदोलित सिपाही लोग

“हर गीत सीमा के पार कर जाला”

गायिका चाहे गायक के आवाज ही कौनो गीत मे जान डाल के जीवित बनावेला | कलाकार उ होखेला जे आपन दिल के सुनेला, बिनम्रता अउरी सहजता ही उनकर असली पहिचान होखेला | भोजपुरी भाषा आन्दोलन गीत गईला के बाद देखल गईल की यी गीत के गायिका कल्पना पटवारी जवना तरिका से हिंदी आ भोजपुरी साहित्य बिधा के महारथी डा. गोरख प्रसाद मस्ताना जी जे यी गीत के गीतकार हई उनका से उनकर आशिर्बाद लेवे खातिर उनकर दिल्ली आवास पर चहुपली जवन भोजपुरी गीत आ संगीत खातिर एगो सराहनीय अउरी सकारात्मक डेग ह | गीत अउरी संगीत के दुनियामें भोजपुरिया  संस्कार के बढ़िया उदहारण होखे के साथ साथे भोजपुरी भाषा आन्दोलन खतिरा एगो मिसाल जईसन ह |

गीत एगो अईसन मंतर जईसन ह जवन उ भाषा भाषी के अंतर आत्मा तक चहुपावेला | यी भोजपुरी भाषा आन्दोलन गीत भी एगो मंतर के जईसन बा जवना के कल्पना पटवारी आपन स्वर के उच्चाई आ उद्दात भाव के साथ गईले बाड़ी आ यी गीत हर भोजपुरिया के आत्मा तक चहुपेके ताकत रखेला |

आजकाल यी गीत सोशल मिडिया के माध्यम हर भोजपुरिया जन मानस के दिल तक चहुपल बा | भोजपुरी भाषा आन्दोलन गीत सुने खतिरा निचे के लिंक पर क्लिक कईल जाव :

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here