भारतीय पूर्व विदेशमन्त्री सुष्मा स्वराज के निधन

151

एजेन्सी, सावन २२ ।

भारतीय पूर्व विदेशमन्त्री सुष्मा स्वराज के निधन भईल बा । पूर्व विदेशमन्त्री स्वराज के ह्दयाघात के कारण मंगर के रात के निधन भईल बा ।

पू्र्व मन्त्री स्वराज के ६७ वरीष के उमीर में नयाँदिल्ली स्थित अल इन्डिया मेडिकल अफ साइन्स अस्पताल में इलाज के क्रम में निधन भईल ।

उहाँ प्रधानमन्त्री नरेन्द्र मोदी के पहिलका कार्यकाल में विदेशमन्त्री रहनी । किडनी प्रत्यारोपण कईल स्वराज पछिल्का समय से बेमार रहली । बिमार भईला के ही कारण उहाँ के अबकिर के चुनाव में ना लडली ।

सुषमा स्वराज भारत के सबसे कम उमीर में क्याबिनेट मन्त्री बनल रहली । उहाँ के दिल्ली के पहिलका महिला मुख्यमन्त्री  बने के गौरव भी मिलल रहे।

सन् १९९८ में उहाँ दिल्ली के मुख्यमन्त्री बनल रहली । इन्दिरा गान्धी के बाद दोसरका महिला विदेशमन्त्री स्वराज ही भइल रहली ।

उहाँ के आजु दुपहर ३ बजे अन्तिम संस्कार होखेके जनावल गईल बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here