भारतीय राजदूत पूरी आ जनकपुर के मेयर लाल किशोर साह बीच भईल भेटघाट

236

जनकपुरधाम, ३० कातिक ।

बद्रिनाथ झा ।

जनकपुरधाम उप-महानगरपालिका के मेयर लाल किशोर साह आ भारतीय राजदूत मंजीतसिंह पूरी के बीच सुक के दिने बीहनईया भेटघाट भईल ।

सबेरे भईल भेटघाट मे विवाह पंचमी मे आवे वाला भारत उतर प्रदेश के मुख्यमन्त्री आदित्यनाथ के जनकपुर भ्रमण, जनकपुरधाम मे हो रहल बिकास निर्माण आ क्रिकेट स्टेडियम के बिषय मे बतकही भईल ।

जनकपुरधाम मे हो रहल बिकास निर्माण के काम खातिर राजदूत पूरी मेयर साह के बधाई देहले । पूरी कहले जनकपुरधाम के सौंदरीकरण खातिर भारतीय सरकार हर बखत तैयार बा बतवले ।

उ जनकपुरधाम आ भारत के बीच के सम्बंध बहुते पौराणिक भईला के कारण यीहा के बिकास खातिर भारत सरकार हर समय तैयार रही बतवले ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here