भारत के दादागिरी : दशगजा मे टुटल बाँध तत्काल मर्मत

    177

    रौतहट, आसाढ २८

    भारतीय पक्ष से दशगजा मे हि कृत्रिम तरिका से बनावल बाँध टुटलाबाद ओतहि खटल भारतीय सीमा सुरक्षा बल (एसएसबी) सभन तत्काल मर्मत कईले बा । भारतीय पक्ष लालबकैया आ बागमती के लक्षित करके करिब २५ फिट उच बाँध दशगजा मे निर्माण कईल बाढ के पानी रोकेके खोजलाबाद बाँध टुटते तत्काल मर्मत कईल गईल बा ।

    सदरमुकाम गौर से ३ किलोमीटर पुरुव राजदेवी नगरपालिका के बेलबिछवा टोला नज्दिके नेपाल भारत सीवान क्षेत्र के मुसाचक नज्दिके बान्हल बाँध पानी के तेज गति से अपने टुटलाबाद ओतहि तैनाथ भारतीय एसएसबी सभन तत्काल केमिकल के प्रयोग करके मर्मत कईले बा ।

    लाल बकैया आ बागमती नदी के पानी भारत मे हि बडका असर देखावेके अन्दाजा कईलाबाद भारतीय पक्ष ऐसनका कदम बढवलन । दु दिन से मुनाईल पानी फेन गौर सदरमुकाम के ओर उल्टे आवेलागल बा ।श्रोत नागरीक

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here