भारत के प्रधानमन्त्री नरेंद्र मोदी जेठ महिना मे अइहे नेपाल भ्रमण मे

217

बीरगंज, ०८ बैशाख

भारत के प्रधानमन्त्री नरेंद्र मोदी जेठ ११ गते नेपाल आरहल बाड़े । नेपाल मोदी आगमन के स्वागत के तैयारी मे ज़ोरसोर से लागल बा परराष्ट्र मन्त्रालय जनवले बा ।

भारत के राष्ट्रीय दैनिक हिंदुस्तान टाइम्स मोदी मई ११ (बैशाख-२८ गते) ही नेपाल भ्रमण मे आवे के खबर लिखले बा माकिर परराष्ट्रीय अधिकारी के कहनाम अनुसार मई ११ ना बल्कि मई २५ खातिर मोदी भ्रमण के तैयारी हो रहल बा बतवले । दुनिया के एगो उभरत महाशक्ति के रूप मे जानेजाए वाला प्रधानमन्त्री के ब्यास्तता के ध्यान मे रखते उनकर नेपाल भ्रमण के दिन मई २० से ले के २५ के भीतर तय हो सकता खबर मिलल बा ।

प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली भारत भ्रमण से आवते मोदी नेपाल भ्रमण मे आरहल बाड़े । प्रधानमन्त्री ओली बितल चईत २३ गते से २५ गते तक भारत भ्रमण मे गईल रहले । भारत भ्रमण के आधिकारिक भेंट के बेरा ओली मोदी के नेपाल आवे के नेवतले रहले । भारत ओली के नेवता स्वीकार करत भ्रमण के मिति आपसी समझदारी से तय करे के जानकारी करवले रहे ।

नेपाल भ्रमण के क्रम मे मोदी खातिर जनकपुर भ्रमण करे के तैयारी भी हो रहल बा । मोदी के ईक्षा बा की नेपाल भ्रमण के बेरा अरुण तीसरा जलबिधूत आयोजना के भी उद्धघाटन करे के ।अनलाईन खबर

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here