भारत देहलख २००० रेमडेसीभीर दावाई

 भारत देहलख २००० रेमडेसीभीर दावाई

काठमाण्डु, ३० भादो ।

भारत नेपाल के २००० भाइल रेमडेसिभिर सहयोग प्रदान कइले बा । भारत सरकार के तरफ़ से भारतीय राजदूत विनय मोहन क्वात्रा परराष्ट्रमन्त्री प्रदीप ज्ञवाली के मंगर के दिने रेमडेसिभिर दावाई हस्तान्तरण कइले बाड़े ।
कोभिड-१९ के विश्वव्यापी महामारी से आईल चुनौती के सामना करे खातिर भारत सरकार नेपाल के सहयोग करत यी दावाई हस्तान्तरण कईल गईल भारतीय दूतावास जानकारी करवले बा ।

यी दावाई अक्सिजन थेरापी में रहल मध्यम से ले के गम्भीर प्रकृति के बीमार लोग के इलाज में प्रयोग होइ । चिकित्सा अध्ययन के अनुसार यी दावाई प्रयोग से बीमार लोग के अस्पताल में रहल समय आ रोग से ठीक होखेवाला समय में उल्लेखनीयरुप से संक्रमण से बचे में सहयोग पहुचाई ।
एकरा से पहिले भारत वैशाख १० गते प्यारासिटामोल, हाइड्रोक्लोरोक्विन समेत के अत्यावश्यक दावाई, जेष्ठ ४ गते कोभिड-१९ टेष्ट किट (आरटी-सीआर) आ साउन २५ गते आईसीयू भेन्टिलेटर जइसन स्वास्थ्य सामग्री सहयोग कइले रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *