भारत प्याज निर्यात रोकलख, नेपाल में बढल प्याज के दाम

काठमाण्डु, ३० भादो ।
भारत सरकार प्याज निर्यात रोकला के बाद नेपाल में भी प्याज के कमी आईल बा । भारत निर्यात रोकला के बा नेपाली बाजार में प्याज के महंगाई अचानक बढल बा ।
भन्सार विभाग केमहानिर्देशक सुमन दाहाल भारत प्याज के निर्यात पर रोक लगवले बा जानकारी देहले । भारत से २९ भादो से प्याज नेपाल ना अईला के बाद नेपाली बाजार में प्याज के कमी आईल व्यपारिलोग जानकारी करवले ।
काठमांडु कालीमाटी में रहल तरकारी बाजार में आलू प्याज के होल सेल व्यापार करत आईल दधिआम उप्रेती कहले, ‘भारत से प्याज ना अईला से नेपाल में भी प्याज मिलल मुश्किल हो गइल बा ।’
कवनो व्यापारी लगे प्याज बा त उ भी महंगा में बेच रहल बा लोग । व्यापारीलोग एक किलो प्याज के दाम ८० रोपेया से भी बहुती ले रहल बा लोग उपभोक्ता लोग बतवले । जब कि काल्ह तक प्याज ६६ रोपेया किलो मिलत रहे ।
भारत प्याज के निर्यात रोकले बा बहाना बनावत
व्यापारीलोग स्टॉक में रहल प्याज के भी कृत्रिम अभाव सिर्जना करत महंग दाम में बेच रहल बा लोग उपभोक्ता के शंका बा । ऑनलाइन खबर

