‘भारत’ मे कट्रिना के साथे वियाह करीहन सलमान खान

318

एजेंसी माघ २१

बलिउड अभिनेता सलमान खान ५० वरीष से उपर के भईलाबाद भी कुवारे बाडन । सलमान खान जहाँ भी जाएलन अधिकतर लोग पुछेला ‘वियाह कहिया करेम ?’ माकिर सलमान खान जहिया भी ई प्रश्न के जवाफ देवेके नामानेनी । अभी माकिर उहे सलमान खान के वियाह के चर्चा चलरहल बा ।

सलमान खान ‘रियल लाइफ’मे ना बल्कि ‘रिल लाइफ’मे कट्रिना के साथे वियाह करतारन । वास्तविक जीवन में सलमान खान के प्रेमिका रहचुकल हिरोईन कट्रिना के साथे सालमान खान के फिल्म ‘भारत’ मे वियाह होई । अर्थात् सलमान आ कट्रिना के रिल लाइफ मे वियाह के सुटिङ्ग के तैयारी होरहल बा ।

सलमान खान आ कट्रिना केफ के ई फिल्म ईद के अवसर मे २०१९ के जुन ५ मे रिलिज होई । अली अब्बास जफर के निर्देशन रहल ई फिल्म मे सलमान खान आ कट्रिना केफ के साथे दिशा पाटनी, तब्बु, ज्याकि श्राफ, सुनील ग्रोवर लगायतके अभिनय बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here