भारत से नेपाल आयत होखेवाला पेट्रोलियम पदार्थ मे कादो आ पानी मिसावट भईल खुलासा

418

आस । वीरगंज । फागुन ८ ।

वीरगन्ज के सीमावर्ती भारतीय शहर रक्सौल मे रहल इण्डियन आयल कर्पोरेशन आइओसी के डिप्पो से डिजल आ पेट्रोल लेहके नेपाल आरहल टयाङकर मे मंगर के जाँच कईलाबाद पेट्रोलियम पदार्थ मे फुहड कादो आ पानी मिलल बा ।

वीरगन्ज के पेट्रोल पम्प के मालिक के कईल सिकाईत के आधार मे पर्सा के सहायक सिडिओ नेत्र प्रसाद शर्मा के नेतृत्व मे खटल टोली रक्सौल डिप्पा से इन्धन बोकके वीरगन्ज लेआइृल चार गो ट्याङकर के डिजल आ पेट्रोल चेकजाच कईलाबाद कादो आ पानी मिलल बा ।

वीरगन्ज मे रहल नेपाल आयल निगम के क्षेत्रीय कार्जालय आगे रोकके राखल डिजल आ पेट्रोल राखल टयेङकर मे जेकजाच कईलाबाद , पानी आ कादो मिलल सहायक सिडिओ शर्मा जनवनी ।

नेपाल मे चलेवाला कूल इन्धन के करिब ९० प्रतिशत इन्धन, वीरगन्ज नाका से होखे नेपाल मे प्रवेश करेला ।
पेट्रोलियम व्यवसायी के अनुसार डिजेल आ पेट्रोल इन्धन ढुवानी करेवाला एगो ट्येंकर मे तीन से चार गो चेम्बर होखेला । एगो चेम्बर मे लगभग १५ से २० लिटर तक पानी आ कादो रहल पेट्रोलियम डिलर्श एशोसियसन के केन्द्रिय सदस्य अनिल सिंह बतवनी ।

वीरगन्ज के पेट्रोल पम्प मालिकसब वितल एक सप्ताह एने से रक्सौल डिप्पो से आयात कईल ट्रयाङकरसब मे रहल डिजल आ पेट्रोल मे कादो आ पानी मिलत आईल सिकाइत आवत रहे ।

नेपाल आयल निगम के क्षेत्रीय कार्जालय वीरगन्ज के प्रमुख जगदिशचन्द्र यादव कहनी रक्सौल डिप्पो के ट्यांकी साफ होरहला से पाइप से पानी आ कादो ट्येङकर मे पहुचल होसकेके बतवनी । माकिर वीरगन्ज के पेट्रोल पम्प के सन्चालकसब आइओसी बदमाशी कईल दोष दाबी कईले बानी ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here