भारत से लियारहल लागू औषध सहित १ जने पकड़ाइल

167

वीरगंज, पुस ३० ।

पर्सा प्रहरी द्वारा भारत रक्सौल से लियारहल लागू औषध सहित १ जने आदमी के पकड़ले बा । काठमांडू बल्खु के रहनियार विष्णु रोक्का के बेटा ४० वर्षीय बिमल रोक्का एतवार के भारत रक्सौल से वीरगंज के दक्षिण से उत्तर के तरफ पैदल जाए के बेर बसपार्क में प्रहरी के चेकजाच के क्रम में पकड़ाइल रहे ।

पर्सा प्रहरी बसपार्क चौकी से खटल प्रहरी टोली द्वारा बसपार्क एरिया में सवारी साधन आ पैदल यात्री के चेकजाच करे के क्रम में  रोक्का के साथ से इंजेक्सन फेनारगन ३३ पीस, नुर्फीन ३३ पीस आ डाईजिल्याब ३३ पीस बरामद कर के निज के नियंत्रण में लेहल गइल आ निज ऊपर लागू औषध शीर्षक पर मुद्दा दायर करके आगा के अनुसन्धान बढ़ावल गइल प्रहरी जनवले बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here