भिखमपुर अस्पताल के ब्रथिङ्ग सेन्टर आ अवास कक्ष के निर्माण कार्य पुरा ना भइला से समस्या

121
ब्रथिङ्ग सेन्टर के खातिर बनरहल निर्माणधिन भवन । फोटो : आपन वीरगंज

वीरगंज, २५ बईशाख ।
भिखमपुर प्राथमिक स्वास्थ्य केन्द्र मे ब्रथिङ्ग सेन्टर आ अवास कक्ष के निर्माण कार्य पुरा ना भइला से अस्पताल संचालन मे समस्या भइल बा । धोबिनि गांवपालिका के वडा नं. २ के भिखमपुर मे रहल अस्पताल के बहुती दिन से निर्माणधिन रहल ब्रथिङ्ग सेन्टर आ अवास कक्ष के निर्माण कार्य पुरा नइखे हाखे सकल ।

ब्रथिङ्ग सेन्टर के भवन ना भइला से सुत्केरी करावे आवेवाला के भर्ना मे समस्या होरहल बा त अवास कक्ष के भवन ना भइला से अस्पताल ही अवास क्षेत्र मे परिणत भइल बा । अस्पताल के रहल १२ गो कोठा मध्ये ९ गो कोठा अवास के खातिर ही प्रयोग होरहल बा ।

अस्पताल मे बेड के अभाव बा लेकिन अस्पताल के कोठा सब अवास के खारित प्रयोग होरहल बा । अस्पताल के कर्मचारी सब अस्पताल के कोठा अवास खातिर प्रयोग कर रहल बाडन । अस्पताल के अवास कक्ष के निर्माण कार्य पुरा ना भइला के चल्ते अस्पताल के कोठा अवास के खातिर प्रयोग कर रहल अह्वय योगेन्द्र बोग्टी बतइलन ।

हमनी सब के बाहर के कर्मचारी बानी अस्पताल के अवास कक्ष निर्माणधिन बा, हमनी कहां प्रशन करत ओही से अस्पताल के ही कोठा सब बाध्य बस प्रयोग कर रहल उनकर कहनाम रहे । यी बिषय मे गांव कार्यपालिका के कार्यालय के प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत सरोज चौधरी से बुझला पर ठेक्दार के लपर्वाही के कारण अस्पताल के निर्माणधिन अवास कक्ष आ ब्रथिङ्ग सेन्टर के निर्माण कार्य पुरा ना होखे सकल बतइलन ।

ठेक्दार के ना टेरला से कुक्ष ना करे सकल गइल उनकर कहनाम बा । जिल्ला जन स्वास्थ्य कार्यालय, पर्सा से भवन निर्माण के ठेक्का देला के कारण हामनी के ठेक्दार ना टेरले अशंका करत चौधरी दुःख समेत व्यक्त कइलन । ब्रथिङ्ग सेन्टर भवनको पिलहर पर छत ढलाअ गइल बो खाली देवाल से घेर के पलास्तर आ झयाल ढोका लगावे के बाकी रहल बा ।

अवास कक्ष के भवन के सब थोक भइला पर खालि झयाल, ढोका के काम ना भइला के चल्ते प्रयोग मे नइखे आवे सकल । अस्पताल के प्रयाप्त भौतिक संरचना भइला पर भी अस्पताल मे वेड के अभाव मे इमरजेन्सी सेवा मे समेत समस्या होरहल बा । निर्माणधिन भवन के निर्माण कार्य पुरा भईला पर अस्पताल मे वेड अभाव के समस्या समाधान होखे के देखल जासकेता ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here