भिस्वा नाका से छुटपुर्जी के व्यवस्था ना भइला से भारतीय सवारी के समस्या

    269

    वीरगंज, पूस २४।

    पश्चिमी पर्सा के प्राचीन तथा ऐतिहासिक भिस्वा बजार आवेवाला भारतीय सवारी साधन के सरकार छुटपुर्जी के व्यवस्था ना कइला से भारतीय गाडी धनी लम्हर समय से दुःख सहत आइल बाडन । सीमावर्ती भारत के सिक्टा बजार होत रोज के दर्जनो भारतीय नम्बर प्लेट के सवारी साधन नेपाल अइला पर भिस्वा छोटी भन्सार कार्यालय मे छुटपुर्जी के व्यवस्था ना भइला से सवारीधनी ४० किलोमिटर दूरी पार कर के वीरगंज भन्सार मे आवेके बाध्यता बा ।

    भारत से अभी रोज के २५ से ३० भारतीय गाडी उ नाका से नेपाल आवेला । माकिर, छुटपुर्जी के व्यवस्था ना कइला से भारतीय दुःख भोगत आ रहल पुलीस चौकी भिस्वा के प्रहरी सहायक निरीक्षक गोकुल बलायर बतवनी । “हमनी चार चक्के सवारी साधन के इन्ट्री करके लगे के गाँव तक जाए देवेके छुट देहले बानी”, कहके बतवनी । भिस्वा नाका से नेपाल आवेवाला ९९ प्रतिशत भारतीय नम्बर प्लेट के सवारी साधन पोखरीया लगायत पश्चिमी गाँव मे जालन ।

    छिपरमाई गाँवपालिका अन्तर्गत पडेवाला भिस्वा भन्सार कार्यालय के पडोसी देश भारत से नेपाल प्रवेश करेवाला भारतीय सवारी साधन के छुटपुर्जी के खातिर सरकार व्यवस्था ना कइला पर भी सीमाक्षेत्र मे रहल सुरक्षाकर्मी व्यावहारिक रुप मे लगे के गाँव तक जाए देवेके छुट देहले बा ।

    वीरगंज भन्सार कार्यालय के सूचना अधिकारी मनिषकुमार महतो से पुछला पर उ छोटी भन्सार कार्यालय के छुटपुर्जी काटेके अधिकार सरकार से ना देहला से मूल भन्सार से छुटपुर्जी काटेके बतवनी । भारतीय सवारी साधन धनी वीरगंज जाके छुटपुर्जी काटेके पडला पर खर्च बेसी होखेवाला भइला से सरकार भिस्वा छोटी भन्सार के छुटपुर्जी काटेके व्यवस्था मिलावे के मांग कइले बाडन ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here